मिर्जापुर में झुमका -नथुनी गढ़ाद पिया,

 

विंध्याचल घुमाद पिया ना II

 

पहले गंगा जी नहाइब,

सीढ़ी चढ़िके मंदिर जाइब I

माला – फूल माई के चरन चढ़ाद पिया I

नथुनी गढ़ाद पिया ना I

मिर्जापुर में झुमका -नथुनी गढ़ाद पिया,

विंध्याचल घुमाद पिया ना II1II

 

सावनी रिमझिम बरसे बदरा,

चमके बिजली हहरे जियरा I

गंगा तीरे हमके नाँव में घुमाद पिया,

नथुनी गढ़ाद पिया ना I

मिर्जापुर में झुमका -नथुनी गढ़ाद पिया,

विंध्याचल घुमाद पिया ना II2II

काली खोह अष्ट भूजा,

विंध्य वासिनी के पूजा I

त्रिकोण यात्रा रोपवे से अब कराद पिया, नथुनी गढ़ाद पिया ना I

मिर्जापुर में झुमका -नथुनी गढ़ाद पिया,

विंध्याचल घुमाद पिया ना II3II

 

पुराना ओझला के पूल,

अंदर चलेला स्कूल I

पक्के घाट से चूड़ी – बिंदी लिआद पिया,

नथुनी गढ़ाद पिया ना I

मिर्जापुर में झुमका -नथुनी गढ़ाद पिया,

विंध्याचल घुमाद पिया ना II4II

 

घंटाघर – मुकेरी बाजार,

बूढ़े नाथ शिव – दरबार I

पंनदरिया में मगही पनवा खिआद पिया,

नथुनी गढ़ाद पिया ना I

मिर्जापुर में झुमका -नथुनी गढ़ाद पिया,

विंध्याचल घुमाद पिया ना II5II

 

कालीन मिर्जापुर के शान,

देश -विदेश में बढ़ल मान I

नरेश हँसत – बोलत जिनगी बिताद पिया,

नथुनी गढ़ाद पिया ना I

मिर्जापुर में झुमका- नथुनी गढ़ाद पिया,

विंध्याचल घुमाद पिया ना II6II

 

 

कवि इंजी. राम नरेश “नरेश”

वाराणसी (उ.प्र)

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *